अरब गइलन संजय पांडे

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे अपना शूटिंग खातिर अबले उत्तर प्रदेश, बिहार, गुजरात, मुंबई, मध्य प्रदेश समेत पूरा देश धांग चुकल बाड़े. अब बारी बा उनुका अरब जायेके. ना, ना. रउरा ना समुझनी. संजय पांडे निर्माता अजीत श्रीवास्तव के फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ साईन कइले बाड़न आ उहो बतौर मुख्य खलनायक. एकरे बाति कहत रहीं.

फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के निर्देशक यशवंत सिंह ‘यश’ हउवन. त्रिलोक चित्र मंदिर के बैनर तले बनत एह फिल्म में अपना भूमिका से संजय पांडे बहुते उछाह में बाड़न. पिछला दिने जब एकर मुहुर्त धूमधाम से मुंबई के गोरेगांव पश्चिम के प्लेटिनम स्टूडियो में कइल गइल त तमाम दिग्गजन के जमावड़ा लागल रहे.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।