आस्ट्रेलिया का खिलाफ टीम इंडिया मे युवराज सिंह के वापसी भइल

आलराउंडर युवराज सिंह के एक बेर फेरू भारतीय टीम मे शामिल कर लिहल गइल बा.
आजु संदीप पाटिल के अध्यक्षता में बीसीसीआई के चयनकर्ता टीम इंडिया घोषित कर दिहले. एहमें जिम्बाब्वे दौरा पर टीम मे शामिल रहल दिनेश कार्तिक, चेतेश्वर पुजारा, अजिंक्या रहाणे, तेज गेदबाज मोहित शर्मा, आ स्पिनर परवेज रसूल के नइखे राखल गइल. चैपियन्स ट्राफी मे टीम इंडिया के खिलाड़ी रहल उमेशो यादव के टीम मे जगहा नइखे मिलल.
कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी के अगुवाई वाली एह टीम में शिखर धवन, रोहित शर्मा, विराट कोहली, सुरेश रैना, आ युवराज के रूप मे पांच गो विशेषज्ञ बल्लेबाजन के शामिल कइल गइल बा. छठवां विशेषज्ञ बल्लेबाज आ विकेटकीपर धोनी रहीहें. गेंदबाजी मे आफ स्पिनर रविचंद्रन अश्विन आ लेफट आर्म स्पिनर रवीन्द्र जडेजा, आ तीन गो तेज गेदबाजन में भुवनेश्वर कुमार आ इशांत शर्मा के राखल गइल बा. जयदेव उनादकट, मोहम्मद शमी, आ आर विनय कुमार के रिजर्व तेज गेदबाज बना के राखल गइल बा, जिम्बाब्वे मे 18 विकेट लेबे वाला लेग स्पिनर अमितो मिश्रा के टीम मे जगहा मिलल बा.
विकेटकीपर बल्लेबाज अंबाती रायुडूओ के जगह दिहल गइल बा बाकिर मुंबई के आलराउंडर अभिषेक नायर, इरफान पठान, आ दिनेश कार्तिक के टीम में जगहा नइखे मिलल.
पूरा टीम के नाम बा महेद्र सिंह धोनी.कप्तान, शिखर धवन, रोहित शर्मा, विराट कोहली, युवराज सिंह, सुरेश रैना, रवींद्र जडेजा, रविचंद्रन, अश्विन, भुवनेश्वर कुमार, इशांत शर्मा, विनय कुमार, अमित मिश्रा, अंबाती रायुडू, मोहम्मद शमी, आ जयदेव उनादकट.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।