इतिहास बने जा रहल बा भोजपुरी सिनेमा में


एकही फिल्म में चाचा भतीजा के प्रस्तुत करत भोजपुरी फिल्म “सामने वाली से नैना चार हो गइल” में चाचा भतीजा के एकही साथ नायक का रुप में पेश करि के एगो इतिहास बनावे जा रहल बाड़न मशहूर फिल्मकार रमेश नैयर. फिल्म में एह चाचा भतीजा का साथ नायिका का तौर पर नवोदित अभिनेत्री लिजा मलिक आ अनुमिता सुमन रहीहें. चाचा भतीजा दोसर केहू ना भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ उनुकर भतीजा उत्तम कुमार हउवे. फिल्म में शक्ति कपूर, मनोज टाइगर, संजय पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, विकास सिंह, आ ब॓जेश त्रिपाठी शामिल बाड़े. निर्देशन हैरी फर्नाण्डिज करे जा रहल बाड़न आ संगीत लाल सिन्हा के रही. पिछला दिने मुंबई के “होटल नवटेल” में जब फिल्म के मुहुर्त करावल गइल त भोजपुरी फिल्म जगत का साथ साथ हिन्दी फिल्म जगत के दिग्गजो मौजूद रहले फिल्म के टीम के शुभकामना देबे खातिर.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।