उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 2 अक्टूबर)

  • लखनऊ में सोमार से भाजपा के अल्पसंख्यक स्वाभिमान सम्मेलन शुरू होखे जा रहल बा.
  • कानपुर में भाजपा नेता अरूण जेटली का कार्यक्रम में दू गो स्थानीय नेता के समर्थक अपने में भिड़ गइले आ जम के लाठी डंडा चलल.
  • प्रदेश के सगरी नगर निगम आ निकायन में दिसम्बर महीना से जन्म भा मृत्यु के आनलाइल प्रमाण पत्र मिले लागी. एकरा खातिर सभका के निर्देश दे दिहल गइल बा.
  • प्रदेश में मतदाता सूची के पुनरीक्षण के काम उनतीस सितंबर से शुरू हो गइल बा जवन जनवरी महीना ले चलावल जाई.
  • प्रदेश के थाना में सिटिजन चार्टर लागी कइल जाई आ तय समय सीमा का भीतत शस्त्र लाइसेंस, पासपोर्ट वेरीफिकेशन, चरित्र प्रमाण पत्र वगैरह जारी होखे लागी.
  • गोरखपुर धर्मशाला बाजार में एगो पूजा पण्डाल में बिजली के करण्ट लगला से तीन जने के मौत हो गइल. ओकरा बाद मचल भगदड़ में दू दर्जन से बेसी लोग घाहिल हो गइले.
  • गाजीपुर में सिधौना पुल पार करत घरी तीन लोग ट्रेन का चपेटा में आके कटा गइले आ तीनो के मौके पर मौत हो गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।