उमरिया बीस

राजश्री हाउस के नदिया के पार जब रिलीज भइल रहे तब ओकर सफलता से सबकर आँख चुँधिया गइल रहे. सिनेमा घर पर उमड़त भीड़ देख के फिल्म के सफलता के अंदाजा ओहू लोग के हो जात रहे जे एह फिल्म के भाषा ना जानत बूझत रहे. अब ओहि तरह के फिल्म प्रस्तुत करे के कोशिश ड्रीम प्रोडकल्शन एंड इंटरटेनमेंट अपना सहयोगी कंपनी लास एंजेल्स, अमेरिका के फिल्म प्रोडक्शन कंपनी का साथ मिल के कइले बा उमरिया बीस बनावे में. एकरा के देशी आ विदेशी भारतीय समुदाय का सोझा खाँटी भोजपुरिया स्वाद का तरह पेश कइल जा रहल बा.

नीरज राज जिनका के लोग मशहूर आ पुरस्कार विजेता निर्देशक नीरज पोडेल का नाम से जानेला ड्रीमप्रोडक्शन हाउस के यास्मीन खान आ पिंकी खान का साथे मिल के एह फिल्म के म्यूजिक अलबम उमरिया बीस बनवले बाड़न जवना के आडियो राइट्स टी सिरीज का लगे बा.

भोजपुरिया माडल आ अभिनेत्री आकांक्षा राय एह अलबम में बहुते बढ़िया ढंग से आपन किरदार निभवले बाड़ी आ गीत रविन्द्र सिंह ज्योति, आरती सिन्हा, भावना गुप्ता, आ नीरज राज का आवाज में रिकार्ड करावल गइल बा. अलबम के अधिकतर शूटिंग ओहि जगहन पर करावल गइल बा जहवाँ नदिया के पार के शूटिंग भइल रहे आ एह काम में ओह फिल्म के प्रोडक्शन मैनेजर रहल जय प्रकाश सिंह अपना भतीजा मृत्युंजय सिंह सिप्पी का माध्यम से हर संभव सहयोग कइले बाड़ें.

आशा कइल जा रहल बा कि भोजपुरिया श्रोता एहअलबम के हाथो हाथ उठइहें आ एकरा सुमधुर संगीत के आनन्द लीहें.


(स्रोत : नीरेन उपाध्याय)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।