एकमा प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर तोड़फोड़

बियफे का सबेरे हंसराजपुर के एगो छह साल के लइकी के साँप कटला का बाद घर के लोग एकमा स्वास्थ्य केन्द्र पर ले आइल. लइकी के हालत खराब देख ओहिजा मौजूद डाक्टर ओकरा के छपरा जिला अस्पताल ले जाए के सलाह दिहलें बाकिर राहे में दाउदपुर ले जात जात ओकर मौत हो गइल. जवना का बाद घर वाले लवटि के अइलें आ स्वास्थ्य केन्द्र पर जम के तोड़ फोड़ कइलें. घरवालन के आरोप बा कि डाक्टर ओकर इलाज ना कर के छपरा भेज दिहले जवना चलते ओकर मौत हो गइल. जबकि डाक्टर के कहना बा कि साँप कटला का बाद ढेर देर ले लोग झाड़ फूंक करववले रहुवे आ बाद में हालत खराब भइला पर ले आइल रहुवे. ओकर हालत बहुत खराब देख ओकरा के छपरा रेफर कर दिहल गइल रहे.

0 Comments