एक्शन से भरल प्रेम कहानी ‘सुगना’

‘सुबह होने तक’ अउर ‘सनम हम आपके हैं’ जइसन सफल हिन्दी फिल्म बना चुकल निर्माता-निर्देशक अजय ओझा अब आपन पहिला भोजपुरी फिल्म ले के आवत बाड़न. उनुकर कहना बा कि अइसनका फिलिम अबही ले भोजपुरी में नइखे बनल. एह पारिवारिक आ एक्शन भरल ‘सुगना’ में मुख्य नायक बाड़े आदित्य ओझा अउर राजीव दिनकर. फिल्म एगो प्रेम कहानी होखला का बावजूद पूरा एक्शन पैक्ड बा. आदित्य ओझा त कहत बाड़े कि ‘सुगना’ भोजपुरी दर्शकन के सोचावट बदल दी. ‘सुगना’ एगो सार्थक अउर मनोरंजक फिल्म हवे जवना के शूटिंग वास्तविक लोकेशन पर छपरा आ मुंबई में करावल गइल बा.

‘सुगना’ में खलनायक के किरदार हिंदी सिनेमा के चर्चित चेहरा प्रमोद माउथो कइले बाड़न. गाना ‘नदिया के पार’ के याद दिला दी. एगो भ्रष्ट पुलिस अधिकारी का भूमिका में गोविंद खत्री आपन अलगे जलवा दखावत लउकीहे. नायिका बाड़ी नवोदित अभीनेत्री काजल राधवानी आ कल्पना शाह. साथ में विजय सिंह, रंजीत सिंह, अभिषेक अरुण आ दीपक तिवारी खास भूमिका में बावे लोग. एह फिल्म में सीमा सिंह के एगो आयटमो नंबर एह घरी खूब बाज रहल बा. फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।