औरंगाबाद मे विस्फोट का बाद अगल बगल के जिलन में तलाशी अभियान

बिहार के औरंगाबाद जिला में सात लोग के मरइला का बाद उग्रवाद प्रभावित गया आ रोहतास जिलन मे माओवादियन का खिलाफ तलाशी अभियान चलावल जात बा.

पुलिस बतावत बिया कि औरंगाबाद से लगले गया जिला के उग्रवाद से सबले अधिका प्रभावित डुमरिया आ इमामगंज थाना के घन जंगलन मे माओवादियन के गिरफतारी ला सघन तलाशी अभियान चलावल जात बा. एह काम में स्थानीय पुलिस के साथ बिहार सैन्य पुलिस, स्पेशल टास्क फोर्स, आ स्पेशल आक्जिलरी पुलिस के लगावल गइल बा.

बतावल जात बा कि रोहतास जिला के उग्रवाद प्रभावित नौहट्टा इलाका के कैमूर पहाड़ी के सोली गांवो मे विशेष अभियान चलावल जात बा जवना के नेतृत्व पुलिस अधीक्षक विकास वर्मन करत बाड़े.

कैमूर पहाड़ी के सोली गांव मे छापेमारी का के दौरान पुलिस एगो देशी बंदूक, भारी मात्रा में कारतूस, विस्फोट मे इस्तेमाल होखेवाला सात गो बैटरी, आ अउरियो कुछ आपत्तिजनक सामान बरामद कइले बिया. छापेमारी के भनक मिलते माओवादी घना जंगलन के फायदा उठावत फरार हो गइले.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।