’करंट मारे गोरिया’ के प्रीमियर शो मुंबई में धूम धाम से भइल

karent-mare-goriya-premierपिछला दिने मारूति क्रियेशन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’करंट मारे गोरिया’ के प्रीमियर शो मुंबई का अंधेरी में नवरंग सिनेमा घर में धूम-धाम से कइल गइल. एह मौका पर भोजपुरी एक्शन किंग मनोज पांडे शिरकत क के प्रीमियर शो के चमक अउरी बढ़ा दिहलें.

पूरा तरह से पारिवारिक आ मनोरंजन भरल एह फिलिम के गाना सुने में बहुते बढ़िया बाड़ी सँ. फिलिम देखे ला मुंबई के ऑटोचालक अपना एक दिन के हड़ताल के फायदा उठावत नवरंग सिनेमा हॉल में ’करंट मारे गोरिया’ के लुफ्त उठवलें. अभिनेता बॉबी सिंह के अभिनय देख दर्शक खूब ताली बजवले आ कई एक बेर त मनोजो पांडे खड़ा होके ताली आ सीटी बजवलें.

निर्देशक बॉबी सिंह के आवे वाली फिलिम “चालबाज चुलबुल पांडे” ह जवना में ऊ पहिला बेर मनोज पांडे संगे अभिनय करत नज़र अइहें. दोसरकी फिलिम होखी मनोज तिवारी अभिनीत गोबर सिंह जवना के अगिला महीना रिलीज कइल जाई. एह फिलिम के वितरण बिहार के मशहूर वितरक राजेश सिंह महाराष्ट्र आ गुजरात में एके साथ चालीस गो सिनेमा घरों में कइले बाड़न.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।