’करंट मारे गोरिया’ के प्रीमियर शो मुंबई में धूम धाम से भइल

karent-mare-goriya-premierपिछला दिने मारूति क्रियेशन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’करंट मारे गोरिया’ के प्रीमियर शो मुंबई का अंधेरी में नवरंग सिनेमा घर में धूम-धाम से कइल गइल. एह मौका पर भोजपुरी एक्शन किंग मनोज पांडे शिरकत क के प्रीमियर शो के चमक अउरी बढ़ा दिहलें.

पूरा तरह से पारिवारिक आ मनोरंजन भरल एह फिलिम के गाना सुने में बहुते बढ़िया बाड़ी सँ. फिलिम देखे ला मुंबई के ऑटोचालक अपना एक दिन के हड़ताल के फायदा उठावत नवरंग सिनेमा हॉल में ’करंट मारे गोरिया’ के लुफ्त उठवलें. अभिनेता बॉबी सिंह के अभिनय देख दर्शक खूब ताली बजवले आ कई एक बेर त मनोजो पांडे खड़ा होके ताली आ सीटी बजवलें.

निर्देशक बॉबी सिंह के आवे वाली फिलिम “चालबाज चुलबुल पांडे” ह जवना में ऊ पहिला बेर मनोज पांडे संगे अभिनय करत नज़र अइहें. दोसरकी फिलिम होखी मनोज तिवारी अभिनीत गोबर सिंह जवना के अगिला महीना रिलीज कइल जाई. एह फिलिम के वितरण बिहार के मशहूर वितरक राजेश सिंह महाराष्ट्र आ गुजरात में एके साथ चालीस गो सिनेमा घरों में कइले बाड़न.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *