कायम बा पाखी क जलवा

माथ अदाकारा पाखी हेगड़े क जलवा भोजपुरी सिनेमा में बदस्तूर कायम बा. पाखी के पहिलका फिलिम ‘निरहुआ रिक्शावाला’ से लगाइत उनकर हालिया रिलीज फिलिम ‘निरहुआ रिक्शावाला आई लव यू’ तक कायम बा. अब ले पाखी सुपरस्टार निरहुआ संगे कईसे कहीं तोहरा से प्यार हो गईल, निरहुआ चलल ससुराल, विधाता, दिवाना, दाग, खिलाड़ी न॰ 1, परिवार, शिवा, सात सहेलियाँ आ आज के करण अर्जून जइसन अनेके ब्लाकबस्टर फिलिम दिहले बाड़ी.

पाखी रवि किशन, पवन सिंह, आ मनोजो तिवारी संगे अनेके सुपरहिट फिलिम दिहले बाड़ी. हर तरह के भुमिका जियतार कर देबे वाली पाखी दर्शकन पर आपन खास छाप छोड़ले बाड़ी. फिलिम चाहे रोमांटिक होखे, मसाला भा पारिवारिक होखे दर्शक पाखी के हमेशा पसंद कइले बाड़न. हालिया रिलीज ‘रिक्शावाला आई लव यू’ फिलिमो में उनका अभिनय के बहुते तारीफ होखत बा. जानलीं कि पाखी के ई फिलिम पूरा बिहार आ यू.पी. में रिकॉर्ड कलेक्शन बिटोरत बिया.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।