‘कालिया’ चहुँपल जहानाबाद

पर साल अपना फिल्म ‘रंगबाज’ से लोगन के दिलोदिमाग पर हावी हो जाये वाला हैदर काजमी आजुकाल्हु ‘कालिया’ के शूटिंग खातिर जहानाबाद गइल बाड़े. पहिला बेर जहानाबाद में कवनो फिलिम के शूटिंग होखत बा. जबरदस्त एक्शन से भरल फिल्म ‘कालिया’ में हैदर काजमी के नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह. निर्देशन शिवराम यादव के बा जिनकर निर्देशित फिलिम रहल ‘रंगबाज’ सफलता के नया रिकार्ड बनवलसि.

‘कालिया’ में मुख्य खलनायक बाड़े अनिल यादव आ बालेश्वर सिंह. कहानी खुद शिवराम यादव के लिखल ह आ बनावत बाड़े एस.सी. डिजिटल प्रा. लि.. भोजपुरी फिलिमन के मिथुन चक्रवर्ती कहात हैदर काजमी के जलवा एह घरी बिहार में आम बा. जब ‘रंगबाज’ रिलीज होखे के रहल त कई गो भोजपुरी फिलिमन के रिलीज टार दिहल गइल रहे. दर्शको हैदर काजमी के हाथों हाथ लिहले आ पचास से अधिका थियेटरन में एक साथ रिलीज ‘रंगबाज’ बिहार में सफलता के जादू चला दिहलसि.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।