खून पसीना में दू तरह के काम में लागल हीरा यादव

भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल फाइट मास्टर हीरालाल यादव रामाकान्त प्रसाद के भोजपुरी फिल्म “खून पसीना” में फाइट मास्टर का साथ साथ अभिनयो करे में लागल बाड़न. रामेकान्त के एगो दोसर फिल्म “बारूद” में हीरालाल के काम से खुश हो के रामाकान्त प्रसाद उनुका के अपना अगिलो फिल्म में साइन कर लिहले. एह फिल्म में दू गो सुपर स्टार बाड़े दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह.

एकरा अलावे हीरालाल दू गो अउरियो फिल्म में मुख्य खलनायक का साथ साथ फाइटो मास्टर के जिम्मेदारी निभावत बाड़न. ई फिलिम हईं स खुशी इन्टरटेनमेंट के “लागल बा प्यार के बुखार” आ “मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी”.

हीरालाल के एह बात के खुशी बा कि उनुका अभिनयो के सराहल जा रहल बा आ ऊ फाइट मास्टरी का साथे साथ अभिनयो में मास्टर माने जाये लागल बाड़न.


(स्रोत : दिनेश चन्दर)

0 Comments