खेसारी लाल यादव आ अंजना सिंह के शादी धूम-धाम से करावल गइल

KhesarI-Anjana-wedding-for-LahuPukarelaशादी के एह मौसम में पिछला दिने भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ अभिनय अउर खूबसूरती से लोग के दीवाना बना देबे वाली अभिनेत्री अंजना सिंह एक दोसरा के साथ सात फेरा लेके बिआह के मजबूत बंधन में बन्हा गइल लोग.

एह शादी के सगरी जिम्मेदारी प्रोड्यूसर अखिलेश कुमार सिंह उठवलन. शादी का मौका प फिलिम जगत के अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल. जइसे कि निर्देशक मंजुल ठाकुर, कलाकार मनोज द्विवेदी, गीतांजलि शर्मा, अनूप अरोरा, किरण यादव, प्रेम दुबे, संजय वर्मा, वाहिद अंसारी, पल्लवी कोली, स्वीटी सिंह, भानु पाण्डेय अउर सीमा सिंह. सगरी लोग खेसारी लाल यादव आ अंजना सिंह के शादी में आके माहौल में अँजोर क दिहल आ शादी के बधाई दिहल. .

अबले एतना त रउरो सभे जान गइल होखब कि बात कवनो फिलिम के होखत बा. ई शादी शौर्य एंटरटेनमेंट बैनर में बनत ‘लहू पुकारेला’ फिलिम ला भइल.

फिलिम के निर्माता अखिलेश कुमार सिंह, लेखक-निर्देशक मंजुल ठाकुर, गीतकार राजेश मिश्रा, आज़ाद अउर कवि जी नाहिद, संगीतकार अविनाश झा घुंघरू, कैमरामैन नीतू इक़बाल सिंह, कोरिओग्राफर कानू मुखर्जी, फाइट मास्टर दिलीप यादव, आ आर् निर्देशक नजीर शेख हउवें.

मुख्य कलाकार खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, मनोज द्विवेदी, गीतांजलि शर्मा, अनूप अरोरा, किरण यादव, स्वीटी सिंह,मानु पाण्डेय, संजय पाण्डेय, प्रेम दुबे, संजय वर्मा, वाहिद अंसारी, पल्लवी कोली, आ सीमा सिंह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।