गंडक नहाए गइल दू गो लड़िका डूब गइले

पूर्वी चंपारण के बड़नामा घाट पर सोमार का सबेरे नहाए गइल दू गो लड़िका नदी में डूब गइले. पुलिस के कहना बा कि नहात घरी गोड़ बिछलइला से उ गहिरा पानी में चल गइले सँ जेहसे ओहनी के डूबला से मौत हो गइल.
दुनू लड़िकन के लाश नदी से निकाल लिहल गइल बा.

एगो दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि पश्चिम चंपारण के बदनाम अपराधी सुशील नोनिया अतवार का दिने पुलिस का सोझा असलहा समेत सरेण्डर क दिहलसि.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।