गोरखपुर सड़क दुर्घटना में डा0 नन्दनी घोष के मौत


गोरखपुर 15 अप्रैल (वार्ता). गोरखपुर के शाहपुर इलाका में आजु भइल सड़क दुर्घटना में डा0 नन्दनी घोष (55 बरीस) के मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि शाहपुर इलाका के रहे वाली डा0 नन्दनी घोष रोज का तरह आजुओ सबेरे अपना पति का साथे आरोग्य मंदिर परिसर में टहले गइल रही.
ओकरा बाद लवटत घरी सड़क पर करत में एगो तेज रफ्तार कार उनुका के धक्का मार दिहलसि आ ऊ गंभीराहे घवाहिल हो गइली. उनुका के बाबा राघवदास मेडिकल ले आइल गइल बाकिर ओहिजा डाक्टर उनुका के मरल बता दिहलें.
हादसा का बाद कार चालक फरार हो गउवे. पुलिस ओकरा के जोहे में लागल बिया.
डा0 नन्दनी घोष गोरखनाथ इलाका में आपन क्लीनिक चलावत रही आ उनुकर पति डा. आशीष घोष गोरखपुर मेडिकल कालेज में नेत्र विभाग के विभागाध्यक्ष से रिटायर हो गइल बाड़ें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।