एह घरी अचके में कई बेर बिआह कर चुकल पवन सिंह के नया बिआह होखे के खबर यू ट्यूब पर पसरल बा. आ दुलहिन बनावल जा रहल बा भोजपुरी अभिनेत्री चांदनी सिंह के.
आज चांदनी सिंह के जनसम्पर्क पदाधिकारी का तरफ से आधिकारिक बयान आइल बा कि ई सगरी खबर झूठ हवे.
असल में भइल ई रहल कि पवन सिंह का जन्मदिन पर चादनी सिंह के नेवतल गइल रहल आ चांदनी सिंह देशी सूट पहिरले मेंहदी लगा के आ गइल रही. जइसन कि एह तरह के पार्टियन में होखेला चादनी पवन सिंह के परिवार वालन का साथे हिल मिल के बतियावत लउकली आ यू ट्यूबर ले उड़ले एगो नया खबर फैलावे ला.
जाने जोग बा कि पवन सिंह के पिछलका शादी से तलाक के मुकदमा अबहीं अदालते में बा आ एह बीचे एह तरह के खबर पसारल दुनू का खिलाफ बा.
खण्डन में कहल गइल बा कि जब कबो चांदनी सिंह बिआह करिहें त लुका छिपा के ना, डंका का चोट पर करिहें आ तब एह पत्रकारो लोग के बोलावल जाई. तबले लोग शांति से जिए देव. चांदनी सिंह अबहीं आपन कैरियर चमकावे में लागल बाड़ी आ कई सितारन का साथे ऊ अभिनय कर रहल बाड़ी.
(शशिकान्त सिंह के भेजल प्रतिवाद का आधार पर)
0 Comments