चैपियंस लीग इतिहास के सबले तेज पचासा मरले धोनी

आतिशी छक्का उडावे खातिर मशहूर महेन्द्र सिंह धोनी चैपियंस लीग बीसबीसा के इतिहास के सबले तेज पचासा ठोक मरले. चेन्नई सुपरकिंग्स के कप्तान धोनी बियफे का दिने सनराइजर्स हैदराबाद का खिलाफ छक्कन के बरसात करत सोरहे गेंद पर 50 रन बनावे के नया रिकार्ड बना डलले. एकरा साथे धोनी कैरेबियाई बल्लेबाज किरोन पोलार्ड के 18 गेना पर पचासा बनावे के रिकार्ड तूड़ दिहले जवन पोलार्ड साल 2009 में त्रिनिदाद एंड टोबेगो का तरफ से खेलत न्यू साउथ वेल्स के खिलाफ बनवले रहले.
काल्हु के मैच में धोनी 19 गेंद पर नाबाद 63 रन बनवले जवना में एगो चौका आ आठ गो छक्का रहल. एह खेल में धोनी तिशारा परेरा के एके ओवर मे 34 रन ठोक दिहले जवन टूर्नामेंट के रिकार्ड बन गइल, एहमें धोनी पारी के 18वाँ ओवर मे परेरा के गेदन पर पांच गो छक्का मरले.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।