चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह के भोजपुरी एकांकी संग्रह के विमोचन

Vimochanपिछला अतवार का दिने जमशेदपुर के प्रताप कल्याण केन्द्र छोटा गोविन्दपुर के सभागार में आरा के मशहूर साहित्यकार चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह के भोजपुरी एकांकी संग्रह ‘अनुवन्ता’ आ ‘धर्मी’ के विमोचन भइल.

विमोचन मोतीलाल सिंह, बच्चन पाठक ‘सलिल’, अरविन्द विद्रोही, मनोकामना सिंह ‘अजय’, आ जयबहादुर सिंह का हाथे करावल गइल.

अध्यक्षता भोजपुरिया बेयार के राष्ट्रीय अध्यक्ष रमेश कुमार आ संचालन उदय प्रताप हयात कइलन.

विमोचन का बाद भइल कवि सम्मेलन में जमशेदपुर के कवि लोग आपन कविता पाठ कइल आ सुनेवालन के वाहवाही लूटल.


(उमेश ओझा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।