जानवर लदाइल तीन गो ट्रक का साथे तीन आदमी गिरफ्तार

कैमूर जिला के भभुआ इलाका के परसिया गांव का नियरा पुलिस तीन ट्रक मवेशी जब्त कर के तीन जने के गिरफ्तार कर लिहलसि. एह मवेशियन के तस्करी क के बंगाल ले जाइल जात रहुवे.

पुलिस बतवलस कि जानकारी का आधार पर पुलिस एह तीन ट्रकन के रुके के इशारा कइलसि त तीनो अउर तेजी से भागे लगले. पुलिस एह लोग के चहेट के रोक लिहलसि आ एह ट्रकन के तीनो ड्राइवरन के गिरफ्तार कर लिहलसि.

एहनी पर तीस गो मवेशी लदाइल रहे.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।