‘जख़्मी आशिक़’ के मुहूर्त करावल गइल

दीपक जैन के प्रस्तुति आ आर.डी.आर. क्रिएशंस के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘जख़्मी आशिक’ के शानदार मुहूर्त हालही में गोरेगांव (पश्चिम) के उषा हाल में सम्पन्न भइल. एकर लेखक-निर्देशक रमा शंकर, संगीतकार सिद्धार्थ-शालिनी, गीतकार संजीत निर्मल, संवाद मो. यूसुफ खान, कैमरामैन जगमिंदर हुण्डल आ कार्यकारी निर्माता शैलेन्द्र प्रताप हउवें.

जख्मी आशिक में पंकज केसरी, रितिका शर्मा, हीरालाल यादव, असलम खान के मुख्य भूमिका बा. अउरी कलाकारन के चयन जारी बा. एह फिल्म के शूटिंग फरवरी से मुंबई में करावल जाई.

मुहुर्त का मौका पर अनेके गणमान्य लोग आइल रहे आशीर्वाद देबे. फिल्म का बारे में बतावत एकर लेखक-निर्देशक रमाशंकर बतवलन कि एह फिल्म का जरिये देखावल जाई कि कइसे लोग अपना सवारथ खातिर दोसरा के सपना चूर देला. बाकिर जब समाज में अत्याचार अन्याय बहुते बढ़ जाला तब ओकर खात्मा करे केहु ना केहु अवतार लेइये लेबेला.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।