शिक्षा रोजगार
- एह साल यूपी बोर्ड के रिजल्ट सीबीएसई जइसन होखी काहे कि अबकी तीस अंक स्कूल स्तर पर दिहल जाई. एहसे अबकी यूपी बोर्ड में जम के नंबर मिले के उमेद कइल जात बा. रिजल्ट मई का आखिरी सप्ताह में आवे के उमेद बा.
- केन्द् सरकार देश में चौदह गो नवाचार विश्वविद्यालय खोले के योजना बनावत बिया. एह विश्वविद्यालयन के पूरा आजादी रही कि ऊ आपन पाठ्यक्रम, प्रवेश प्रणाली वगैरह अपना मन से तय करसु. एह विश्वविद्यालयन से ऊमेद कइल जाई कि एहिजा उच्च शिक्षा के नया मानदंड बनी. सरकार साल २०१० से २०२० के दशक के नवाचार दशक घोषित कइले बिया. नवाचार के समुझे खातिर समुझ ली कि जोगाड़ टेक्नालाजी.
- बिहार संस्कृत शिक्षा बोर्ड के मध्यमा परीक्षा दू से पाँच मई का बीच करावल जाई. बोर्ड के अध्यक्ष रामदेव प्रसाद कहले बाड़न कि परीक्षा के कदाचार मुक्त माहौल में पूरा करावल जाई.
उत्तर प्रदेश
- सरकार अब नोएडा भा ग्रेटर नोएडा में अब अउर उद्योग ना लगावे दी. सरकार चाहत बिया कि अब छोट शहरन में उद्योग लगावल जाए. एह खातिर जमीन के तलाश के काम शुरू कर दिहल गइल बा.
- बलिया के भरौली चेकपोस्ट पर बरीसन से चलत लूट के भंडाफोड़ तब हो गइल जब जिलाधिकारी दू दिन से एह चेक पोस्ट के निगरानी करावल शुरू कइलन. दुनु दिन दु लाख से बेसी के राजस्व वसूली भइल जबकि अबहीं ले कबो साठ हजार से अधिका वसूली ना भइल रहुवे. कहे के मतलब कि चेकपोस्ट पर तैनात अधिकारी आ कर्मचारी रोजाना डेढ़ लाख से अधिका रूपिया अपना जेबी में धरत गइले.
- बलिया का करनई में बाबा लंगटेश्वर नाथ मंदिर में मूर्तियन के प्राण प्रतिष्ठा का मौका पर बनारस से आइल कलाकार सांस्कृतिक कार्यक्रम पेश कइले.
- विधानसभा में विपक्ष के नेता स्वामी प्रसाद मौर्य सरकार पर आरोप लगवले कि अपराधियन के संरक्षण दिहल जात बा आ कानून के राज खतम हो गइल बा. खुलेआम अधिकारियन आ पुलिस पर हमला होखत बा आ कमजोर वर्ग के जमीन हड़पल जात बा. मुख्यमंत्री के जनता दरबार के ढकोसला बतावत मौर्य कहलन कि थाना दिवस आ तहसील दिवस के परंपरा बनवेल राखे के जरूरत बा आ जनता के समस्या स्थानीय स्तर पर सलटावे के कोशिश होखे के चाहीं.
- समाजवादी सरकार अइला का बाद से शुरू तबादला के दौर अबही ले खतम नइखे भइल. शुक का दिने एक सौ सात गो प्रशासनिक अधिकारियन के तबादला कर दिहल गइल.
- जाति गिने के काम अगिला एक जून से शुरू होखी.
बिहार
- पूर्वी चंपारण में गंडक नदी पर सत्तरघाट पर बने वाला पुल के शिलान्यास शुक का दिने मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कइलन आ कहलन कि एह पुल के बन गइला का बाद पूर्वी चंपारण से मुजफ्फरपुर, गोपालगंज आ सारण के दूरी बहुते कम हो जाई. कहलन कि सरकार चाहत बिया कि एह तरह से राज्य के सड़क से जोड़ दिहल जाव कि कवनो जगहा से पटना चहुँपे में छह घंटा से बेसी समय ना लागो.
- बिहार विधान परिषद में बारह सदस्यन के सरकार नामित करेले आ एकरा खातिर मंत्रीमंडल मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अधिकृत कर दिहलसि. एह बारह सदस्यन में से सात गो जदयू के रहीहें आ पांच सीट पर भाजपा के लोग के नामित कइल जाई.
- बक्सर सेंट्रल जेल में एगो खुला जेल बनावल गइल बा जहवाँ कैदी अपना परिवार का साथे रह सकीहें. एह जेल में प्रदेश भर से उनतीस गो कैदियन के भेजल गइल बा जवना में सोलह गो भागलपुर जेल से आ तेरह गो बेउर जेल से भेजल गइल बा.
- सिवान में तीन गो मोटरसाइकिल चोरन के पकड़ल गइल बा आ ओकनी का लगे से चार गो मोटर साइकिल बरामद भइल बा.
देश
- अन्ना हजारे आ बाबा रामदेव अब मिल के अभियान चलइहें. काल्हु शुक का दिने पहिला बेर दुनु जने एक साथ प्रत्रकार सम्मेलन के संबोधित कइले. तीन जून के दुनु जने दि्ल्ली में सांकेतिक प्रदर्शन करी आ अगस्त में महारैली.
- इटली के जहाज के सुरक्षा अधिकारियन का खिलाफ कइल कार्रवाई के गलत बतवलसि केन्द्र सरकार. कहलस कि राज्य सरकार के अधिकार क्षेत्र से बाहर भइल घटना. इटली सरकार सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगवले बिया ओही बारे में केन्द्र सरकार आपन बाति कहले बिया.
- टीवी पर अपना खिलाफ होखत टीका टिप्पणी से नाराज ममता बनर्जी अपना समर्थकन से कहली कि न्युज चैनल मत देखऽ लोग ओकरा बदले म्यूजिक चैनल देखल करऽ लोग.
- अगिला सरकार भारत मंगल ग्रह अभियान चलाई जवना में एगो उपग्रह के मंगल ग्रह का कक्षा में भेजल जाई. भारत के चन्द्रयान अभियान अपना मकसद में सफल रहल रहे आ अब अग्नि पाँच के सफलता से उत्साहित वैज्ञानिक मंगल अभियान में जोर शोर से लागल बाड़े.
- सुप्रीम कोर्ट के एगो समिति कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल बी एस येदियुरप्पा के खिलाफ खनन घोटाला में उनुकर भूमिका के जाँच सीबीआई से करावे के सिफारिश कइलसि.
- चेन्नई की एगो फास्ट ट्रैक अदालत शुक का दिने दिलशान हत्या मामिला में अवकाश प्राप्त कर्नल रामराज के उमिर कैद आ साठ हजार रूपिया के जुर्माना के सजा सुनवलसि. तेरह साल के दिलशान के पिछला साल तीन जुलाई के कर्नल रामराज गोली मार दिहले जब ऊ फल तूड़े खातिर सेना के आवासीय परिसर में देवाल फान के घुस आइल रहुवे.
- ओड़ीशा सरकार के गृहसचिव कहले बाड़नकि बीजद विधायक झिना हिकाका के रिहाई खातिर सरकार नक्सलियन के दबाव का सोझा ना झुकी.
दुनिया
- पाकिस्तान के एगो यात्री विमान शुक का दिने इस्लामाबाद हवाई अड्ड़ा पर उतरे से कुछ किलोमीटर पहिलही दुर्घटनाग्रस्त हो गइल जेहसे ओह पर सवार १२७ लोग के मरा जाए के अनेसा बा.
- अफगानिस्तान में बियफे रात एगो हेलीकॉप्टर दुर्घटना ग्रस्त हो गइल जेहसे ओह पर सवार चार गो सैनिकन के जान चल गइल. ई लोग एगो बचाव अभियान पर जात रहुवे जब खराब मौसम का चलते ई दुर्घटना हो गइल.
बिजनेस
- पहली जनवरी २०१२ से राज्य सरकार के कर्मचारियन के केन्द्र का तरह सात फीसदी महँगाई भत्ता अधिका दिहल जाई. अब बिहार सरकार के कर्मचारियन आ पेंशन पावे वाला लोग क ५८ फीसदी का जगहा ६५ फीसदी महँगाई भत्ता दिहल जाई.
- मुंबई शेयर बाजार में शुक का दिने १३० अंक के गिरावट का साथ चार दिन से चलत आवत तेजी के दौर थथम गइल. रुपिया सात पइसा मजबूत हो गइल शुक का दिने.
खेल
- लिएंडर पेस आ रादेक स्टेपानेक के जोड़ी मोनाको में होखत मोंटेकार्लो मास्टर्स टेनिस टूर्नामेंट के क्वार्टर-फाइनल में पहुंच गईल बा.
- शुक का रात में भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में बैंगलूर रॉयल चैलेंजर्स किंग्स इलेवन पंजाब के पाँच विकेट से हरा दिहले.
0 Comments