टटका खबर, 13 जून 2020, शनिचर

राज्य सभा खातिर होखत चुनाव में कर्नाटक से चार गो आ अरुणांचल प्रदेश से एगो सदस्य बिना विरोध के चुना गइलें. काहे कि एहिजा ओतने लोग परचा दाखिल करुवे जतना सीट रहुवे. पिछला लोकसभा चुनाव में हारल आ पहिले पीएम रह चुकल एच डी देवेगोड्डा आ लोकसभा में कांग्रेस के नेता रहल मल्लिकार्जुन खडगे एह चुनाव में चुना गइलें. बाकी तीन सदस्य अशोक गश्ती आ इराना कडाडी क्रनाटक से अउर नबम रेबिया अरुणांचल से चुना गइलें.
अबहीं 19 गो सीट पर 19 जून के चुनाव होखल बाकी बा काहें कि ओहिजा सीट से बेसी उम्मीदवार बाड़ें.
अरुणांचल के मुख्यमंत्री पेमा खंडू कहलन कि ई अरुणांचल भाजपा ला गौरव के बाति बा कि पहिला बेर एहिजा से भाजपा के तीन गो सांसद हो गइलें, दू गो लोकसभा में आ एगो राज्यसभा में.

आजु झारखण्ड के दुमका जिला के डेढ़ हजार मजदूरन के विशेष रेलगाड़ी से लद्दाख ला रवाना करवलें झारखंड के मुख्यमंत्री हेमन्त सोरेन. कहलन कि पूरा देश आ झारखंड ला आजु के दिन ऐतिहासिक बा जब मजदूर भाई बहिन अपना हक, गौरव आ सम्मान का साथे देश निर्माण के काम पर निकलल बाड़ें. भारत चीन सामा पर लद्दाख में बनत एह सामरिक महत्व के सड़क बनावे में अउरी करीब बारह हजार मजदूरन के लगावल जाई जे पाकुर, साहिबगंज, दुमका, आ गोड्डा जिला से ला जाइल जइहें. एह लोग के पंजीयन के काम शुरु बा.
अपना तरह के पहिलका पहल में केन्द्र सरकार देश के कामगारन के योजना बना के रोजगार में लगावल जा रहल बा. एहसे बिचौलियन के सफाया हो जाई आ कामगार अपना हक के कमाई कर पइहें.

जम्मू कश्मीर में आजु भोरे दू गो आतंकियन के मार गिरावल गइल. कुलगाम जिला के मीर बाजार इलाका के डरपोरा निपोरा में सुरक्षा बल का साथे भइल एह मुठभेड़ में दूनू आतंकियन के मार गिरावे के सफलता मिलल.

देश में कोरोना के मरीजन के गिनिती तीन लाख पार होखला का बावजूद तोस के बाति बा कि कोरोना पसरे के रफ्तार मधिम पड़ल बा. एह हिसाब से अगिला 17 दिन में देश में कोरोना के मरीजन के गिनिती छह लाख हो जाए के अनुमान लगावल जा सकेला. बाकिर फेरु तोस के बाति बा कि आधा से अधिका कोरोना मरीज ठीक हो जात बाड़ें.

अउरी खबर बीच बीच में जोड़ात रही. आवत रहीं सभे. रोज कम से कम एक बार कवनो ना कवनो भोजपुरी वेबसाइट खोल के भोजपुरी में काम करे वालन के उत्साह बढ़ाईं.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।