दक्खिनपंथ का ओर राजनीति के झुकाव पर चिंतित बा भाकपा माले

भाकपा माले के राष्ट्रीय महासचिव दीपंकर भट्टाचार्य दरभंगा में शनिचर का दिने एह बात पर चिंता जतवले कि देश के राजनीति दक्षिणपंथ ओरी झुके लागल बिया आ देश में फिरकावाराना हिंसा बढ़े लागल बा.
दीपकंर के कहना रहे कि ढेर दिन से देश में आतंकवाद के नाम पर अल्पसंख्यकन के निशाना बनावे के कोशिशे होखत बा, देश के दुनु बड़का दल कांग्रेस आ भाजपा मे अमेरिकी एजेडा लागू करे के होड़ लागल बा.
माले नेता बिहार के नीतीश सरकारो पर निशाना साधत कहले कि सामंती आ साम्प्रदायिक ताकतन के उन्माद आ नीतीश सरकार के निकम्मापन का खिलाफ उनकर पार्टी 30 अक्टूबर के पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान मे..खबरदार रैली बोलवले बिया. एह रैली से राज्य के नया राजनीतिक दिशा देबे के दावा कइलन दीपंकर. कहलन कि एह रैली से भाजपा के हुंकार रैली के तगड़ा जवाब दीहल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।