दादा सचहु कमाले के हउवन. सिनेमा के उनकर समुझ वाकई लाजवाब बा : निरहुआ

DurgaDada
मशहूर फिल्म निर्माण आ फाईनेंस कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ निरहुआ इंटरटेनमेंट जब जब साथ आइल बाड़े तब तब भोजपुरी सिनेमा के परदा पर क्रांति जस मचल बा. चलनी के चालल दुलहा, प्रेम के रोग भईल, आ अब निरहुआ हिन्दुस्तानी. ई तीनो फिलिम एही जोड़ीदारन के रहल आ तीनो देखा दिहली सँ कि दर्शकन के दिल प कइसे राज कइल जाला.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ निरहुआ इंटरटेनमेंट के साथ वाली तिसरकी फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ हर जगह हंगामा बरपा के देखा दिहलसि. बिहार मेंं त ई एह साल के सबले कामयाब फिलिम हो गइल बिया. तबे नू भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ कहेले कि दादा सचहु कमाले के हउवन. सिनेमा के उनकर समुझ वाकई लाजवाब बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *