दिलआवेज़ खान लेके आवत बाड़ें ’साली बड़ी सतावेली’

सिनेमा भोजपुरी ला नया बाकिर अनेके हिंदी निर्देशकन के निर्देशन सहकर्मी रहल निर्देशक दिलआवेज़ खान के पहिला भोजपुरी फिलिम ’साली बड़ी सतावेली’ जल्दिए रिलीज खातिर तइयार होखी. एहमें रवि किशन, रानी चटर्जी आ रिंकू घोष के मुख्य भूमिका बा आ साथे बाड़न फिरदौस खान, नौशाद खान, साहिल सन्नी , निरुपमा वर्मा , पुष्पा वर्मा, प्रिया पांडे वगैरह.

आशिक आरिफ मूवीज के बैनर तले निर्माता आरिफ हुसैन आ आशिक मोहम्मद के एह फिलिम के निर्देशक दिलआवेज़ खान बिहार के शेरघाटी गया से आवेलें. बचपने से फिलिमन से जुड़े के सपना देखत मुंबई आवे वाला दिलआवेज़ राजकुमार कोहली के फिलिम ’कहर’ से बतौर सहायक निर्देशक सिनेमा इंडस्ट्री में डेग धइलन. इनकर काबिलियत देखत राज कुमार कोहली अपना फिलिम ’जानी दुश्मन’ मुख्य सहायक बनवलन आ राइटिंग टीमो में जगहा दिहलन.

राजेश खन्ना, अक्षय कुमार, सुनील शेट्टी, समेत हिंदी के अनेके बड़का कलाकारन संग काम कर चुकल दिलआवेज़ के कबो सहायक रहल इम्तियाज अली, आ मोहित सूरी आजु हिंदी सिनेमा में बड़का नाम बाड़ें. एकरा के मुकद्दर के बात मानेले दिलआवेज़. कहलन कि कुछ कारण से शाहरुख़ खान आ अक्षय कुमार के लेके प्लान भइल फिलिम अटक गइल बाकिर एकर अफसोस नइखे उनुका काहें कि ऊ मानेलें कि मेहनत कबो बेकार ना जाव. बड़का निर्देशकन संगे काम कर के जवन सीखे के मौका मिलल ओकरे फल ह कि पोस्ट प्रोडक्शन में जेही उनुकर फिलिम ’साली बड़ी सतावेली’ के रशेज देखल सभे तारीफे कइल.

’साली बड़ी सतावेली’ में रानी चटर्जी रवि किशन के साली बनल बाड़ी आ रिंकू घोष पत्नी. दिलआवेज़ खान के कहना बा कि फिलिम जीजा साली के नोक झोंक पर ना बलुक एगो असरदार मसला पर बनल बा. ई एगो संजोगे ह कि फिल्म में साली के भूमिका निभावत रानी चटर्जी रियल लाइफ में दिलआवेज खान के साली हई.

फिलिम अगिला साल होली पर रिलीह करे के प्लान बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।