दिल जीत लिहली पाखी !


भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन अदाकारा पाखी हेगडे फिल्म “संतान” में अपना अभिनय से दर्शकन के दिल जीत लिहले बाड़ी. फिल्म में उनुकर किरदार अपना परिवार के संतान देबे खातिर आपन जान तक दे देबे वाली महिला के बा. फिल्म ओहू समीक्षक आ बुद्धिजीवी लोग के भोजपुरी सिनेमा का ओरि खींच ले आइल जे एकरा से फरका रहत रह आ उनुकरो वाहवाही ले लिहलसि.
पाखी के मजगर अभिनय खातिर सभे उनुका के बधाई दे रहल बा आ भोजपुरी सिनेमा का परदा पर साफ सुथर मनोरंजन देबे वाली आ औरतन का बीच खासा लोकप्रिय पाखी के “संतान” देखे खातिर औरतन समेत पूरा परिवार उमड़ आइल बा.
औलाद आ संतान जइसन फिलिमन के तारीफ से गदगद पाखीओ के मन रहेला अइसने फिलिमन में काम करे के.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments