‘नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे’ के पहिला झलक

NazarLagalRazaमनोज आर॰ पाण्डेय अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे’ के पहिला झलक सभका सोझा आ गइल बा. शिव शिवम फिल्म इंटरटेन्मेंट के बैनर तले एक्सीलेन्ट फिल्म प्रा॰ लि॰ के परोसा एह फिलिम के निर्माता हउवेंविनोद बी॰ सिंह.

फिलिम में रोमांस अउर एक्शन के भरमार बा. एह फिलिम में मनोज आर पाण्डेय के जबरदस्त स्टंट अउर संवाद बा. सबले लोकप्रिय संवाद एह फिलिम के ई बा कि ‘आर या पार, पुलिस से ही चलेला ईहां के सरकार, पागल पाण्डेय बा नाम हमार’ आउर दुसरका धांसू संवाद बा ‘चाहे लादेन हो यो दाउद, रोक देब, कइले जे गुण्डई, ठोक देब’.

एह फिलिम के कहानी आउर गीत भीरू वृंदा के लिखल बा जबकि एकर मधुर संगीत तइयार कइले बाड़न राज सेन. निर्देशक हउवें समीम सैय्यद.

फिलिम के कलाकारन में मनोज आर पाण्डेय, प्रिया शर्मा, अंजनी सिंह, जसवंत कुमार, प्रिती सिंघानिया, सुबोध सेठ, रविकान्त राय, रीना पाण्डेय, बबीता पाण्डेय, नीलू तिवारी के मौजूद बा.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।