‘‘नाच नचईया धूम मचईया’’ के मंच पर मालिनी अवस्थी

महुआ टी. वी. पर प्रसारित होत डांस रियलिटी शो ‘‘नाच नचईया धूम मचईया’’ में एह हफ्ता मशहूर लोक गायिका मालिनी अवस्थी सेलीब्रिटी गेस्ट का रूप में उपस्थित होखीहें. एह शनिचर वाला एपिसोड में अभिनेत्री रिंकू घोष के डांस पार्टनर मदन मोहन के महतारी बतइहें कि मदन के ऊँचाई पर चहुँपावे खातिर ऊ कतना संगर्ष कइली. उनुकर कहानी सुन के शो के एंकर रवि किशन रो दिहलन. काहे कि उनुका अपना महतारी के संघर्ष वाला दिन याद आ जाई.

एह एपिसोड में प्रदीप आ स्मृति बेंच पर एगो गजबे नाच पेश करीहें. अतवार का दिने पेश होखे वाला एपिसोड के थीम रही लोकनृत्य आ सेलिब्रिटी मेहमान मालिनी अवस्थी मंच पर आके प्रतिभागियन के उत्साग बढ़इहें. रिंकु घोष आ मदन मोहन छऊ नृत्य पेश करीहें जबकि अनारा गुप्ता आ निशान के जोड़ी धोबिया गीत पर नाच देखइहें.

नाच नचैया धूम मचैया के प्रसारण ह शनिचर आ अतवार के महुआ टीवी पर रात आठ बजे से कइल जाला.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।