नीक लागऽता रिपोर्टर राखी के अंदाज़

RakhiTripathiहालिया रिलीज़ आ देखनिहारन के नीक लागत भोजपुरी फिलिम “मुजरिम” के रिपोर्टर राखी बनल राखी त्रिपाठी के किरदार दर्शकन पर जादू कर दिहले बा. मान सोमारिया फिल्म्स के बैनर तले निर्माता बबन यादव आ निर्देशक धीरज कुमार के एह फिलिम में राखी के अपोजिट बाड़न बिग बॉस राहुल रॉय. एड वर्ल्ड से ग्लेमर वर्ल्ड में उतरल राखी भोजपुरी के अकेला अभिनेत्री हई जे दू दर्जनो ले अधिका विज्ञापनन में आपन मौजूदगी दर्ज करवले बाड़ी. एह एड फिलिमन में यू पी टूरिज्म, गुजरात टूरिज्म, बिग बाज़ार, झंडू बाम, खेतान कूलर, चेन्नई सिल्क वगैरह के एड शामिल बा. एकरे अलावे प्रिंटो एड में राखी बहुते सक्रिय बाड़ी.

“मुजरिम” फिलिम में पत्रकार के भूमिका करे वाली राखी त्रिपाठी के मानना ह कि हर किरदार खास होला आ उ हर किरदार खातिर जम के मेहनत करेली जेहसे परदा पर उ किरदार बढ़िया से उभरे. “मुजरिम” में उ पत्रकार के भाव भंगिमा बखूबी जियले बाड़ी. करीब एक दर्जन भोजपुरी फिलिमन के हिस्सा रह चुकल राखी के आवे वाली फिलिमन में जीजा जी की जय हो जल्दिए रिलीज होखी. कई एक फिलिम जल्दिए फ्लोर पर जइहें सँ.


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।