नेपाल में सम्मानित भइलन कवि मनोज भावुक

Bhawuk-at-Parikalpanaनेपाल की राजधानी काठमांडू में पिछल 13 से 15 सितम्बर 2013 ले आयोजित अंतर्राष्ट्रीय ब्लागर सम्मेलन में भोजपुरी साहित्यकार, लोकप्रिय कवि, फिल्म समीक्षक आ टीवी एंकर मनोज भावुक के ‘परिकल्पना लोक भूषण सम्मान’ से सम्मानित कइल गइल. सम्मान नेपाल सरकार के मंत्री रहल आ संविधान सभा के अध्यक्ष अर्जुन नरसिंह केसी का हाथे दिहल गइल.

पहिला बेर कवनो भोजपुरी साहित्यकार के मिलल ई सम्मान मनोज भावुक के भोजपुरी खातिर बहुमूल्य आ बहुआयामी योगदान ला दिहल गइल. एह सम्मेलन में हिन्दी का साथही नेपाली, भोजपुरी, अवधी, छतीसगढ़ी, मैथिली वगैरह भाषा के रचनाकारन के परिकल्पना सम्मान से नवाजल गइल.


(इमेल से)

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    बहुत -बहुत धन्यवाद जी। पार्टी -सार्टी कहिया होई। भोजपुरिया भाई लोगन के ?



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।