परदा पर चालू बा राजकुमार पाण्डेय के जादू

भोजपुरी पर्दे पर सबले अधिका सुपरहिट फिलिम देबे वाला राजकुमार पांडेय के जादू एक बेर फेर भोजपुरी परदा पर चलत बा. उनकर हालिया प्रदर्शित मल्टीस्टारर फिल्म ‘‘सौंगध गंगा मईया के’’ बिहार में शानदार बिजनेस बटोरत बिया. चऊथो हफ्ता में एकरा देखे ला भारी भीड़ जूटत बा खास कर के औरतन के.

पिछला दिने राजकुमार पाण्डेय के मॉरीशस में भइल अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी फिल्म महोत्सव में भोजपुरी सिनेमा ला बढ़िया काम करे खातिर सम्मानित कइल गइल.

एह घरी राजकुमार पांडे रानी चटर्जी संग अपना नयकी फिलिम ‘नागीन’ लेके व्यस्त बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।