पियाज के निर्यात पर फेरु रोक लागल

केन्द्र सरकार के विदेश व्यापार निदेशालय आजु से हर तरह के पियाज के निर्यात पर रोक लगा दिहलसि. एह रोक में काटल भा पावडर बनावल पियाज शामिल नइखे आ ओकर निर्यात हो सकेला.
जान जाईं कि देश में पियाज के किल्लत का चलते ओकर दाम बढ़ल जात बा. पियाज के दाम राजनीतिको तौर पर मौजूदा सरकारन के रोवावत रहेला. इहे देखत पियाज के निर्यात पर आजु से फेरु रोक लगा दीहल गइल बा.
पियाज के दाम में घट-बढ़ मौसमी होला आ करीब करीब हर साल कुछेक महीना एकर दाम आसमान छूअत रहेला. अप्रेल से जून का तिमाही में देश से करीब दू हजार लाख रुपिया के पियाज विदेश भेजाइल बा. एह देशन में बंगला देश, मलेशिया, युनाइटेड अरब अमीरात, अउऱ श्रीलंका सबले बड़हन आयातक देश हईं स.
परो साल पियाज आ रसोई का कामे आवे वाला कई एक सामान के निर्यात रोक दीहल गइल रहुवे. बाद में एह साल मार्च में पियाज के निर्यात खोलल गइल रहुवे.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।