पूरा भइल ‘रखवाला’ क शुटिंग

असलम शेख प्रोड्क्शन आ सी.पी.आई. मुवीज का बैनर में सुजीत तिवारी के प्रस्तुति ‘रखवाला’ फिलिम के शुटिंग पिछला दिने मुम्बई आ जौनपुर के लोकेशनन पर पूरा लिहल गइल. निर्माता इश्तियाक शेख ‘बंटी’ आ रीतु शर्मा के बनावल एह फिल्म में दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, रिंकु घोष, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डे, ब्रजेश त्रिपाठी, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, सोनिया मिश्रा, पुनम वर्मा, मनोज भावुक के प्रमुख भुमिका बा.
लेखक-निर्देशक असलम शेख, संगीतकार धनंजय मिश्रा, गीतकार विनय बिहारी आ प्यारे लाल यादव, सह निर्माता विक्की कक्कड़ आ बिलकीस शेख, अउर कार्यकारी निर्माता अशोक कक्कड़. एह पारिवारिक मनोरंजन देबे वाली फिलिम के आजुकाल्ह संपादन के काम चलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *