पैंतालिस हजार सिपाहियन के बहाली होखी

बिहार विधानसभा में गृहमंत्रालय के अनुदान मांग पर चरचा का दौरान मंत्री विजय कुमार चौधरी बतवले कि सरकार पैंतालिस हजार सिपाहियन के बहाली करी. कहलन कि एनडीए शासन में कानून के राज बहाल भइल बा आ लोग अमनचैन से बा. उनकर कहना रहे कि पिछला चुनाव में मिलल जीत के पूरा श्रेय गृह विभाग के जात बा जेकरा चलते राज्य में कानून के शासन बहाल भइल. राजद नेता अब्दुल बारी सिद्दिकी के कहना रहे कि सरकार बार बार कानून व्यवस्था के दुहाई देके जनता के भरमावत बिया. सिद्दिकी आरोप लगवलन कि राज्य में अपहरण फिरौती बदस्तूर जारी बा आ अपराध में बढ़ोतरी भइल बा. राजदे के राघवेन्द्र प्रताप सिंह के कहना रहे कि अपराधी त अतना मनबढ़ हो गइल बाड़े कि मंत्रीओ से रंगदारी माँगत बाड़े सँ.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।