‘प्यार झुकता नहीं’ से भोजपुरी परदा पर आवत बाड़े शैलेश सिन्हा

Shailesh-Akshara-PyarJhuktaNahi
यशी फिल्मस् प्रा. लि के बैनर तले बनत निर्माता अभय सिन्हा के फिलिम ‘प्यार झुकता नहीं’ से भोजपुरी परदा पर एगो अउर नायक शैलेश सिन्हा के इंट्री होखत बा. असलम शेख निर्देशित एह फिलिम में शैलेश अभिनेता खेसारीलाल यादव के साथे नजर अइहें. एह फिलिम में शैलेश क नायिका बाड़ी भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह.

गढवा (झारखण्ड) के रहे वाला शैलेश बचपने से फिलिमन के शौकीन रहलन आ अब परदा पर अइला क साथे इनकर सपना पूरा होखत बा. एह फिलिम में शैलेश आ अक्षरा पर एक से बढके एक दृश्य आ गाना फिलिमावल गइल बा. शैलेश के एक्शनो बा एहमें. पहिलके फिलिम अभय सिन्हा के बैनर के मिलल शैलेश आपन सौभाग्य मानत उनुका के धन्यवाद देलें.

वइसे एह फिलिम के मुख्य नायक खेसारीलाल यादव आ नायिका स्मृति सिन्हा हई.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *