‘प्यार हो के रही’ बिहार के ७५ सिनेमाघरन में रिलीज़

PyarHoKeRahi-poster
ए डी आर एस एंटरटेनमेंट के बैनर में बनल एक्शन स्टार मनोज आर पाण्डेय के फिलिम ‘प्यार होके रही’ मुम्बई आ गुजरात में सुपरहिट होखला का बाद अब बिहार में रिलीज़ भइल बा आ एहिजो सुपरहिट जात बिया. लोग अपना हीरो मनोज पाण्डेय के देखे ला रिकार्ड तोड भीड़ बनके जुटत बाड़ें. बिहार में एकरा के ७५ गो सिनेमाघर में रिलीज़ कइल गइल बा आ सभ जगहा हाउसफुल जात बा.

महमूद आलम के निर्देशन में एक्शन सम्राट मनोज पाण्डेय अपना धमाकेदार अभिनय से लोग के दिल में अपना ला खास जगहा बना लिहले बाड़न. मनोज पाण्डेय के सोझा मोनालिसा बाड़ी आ एह जोड़ी के दर्शको बहुत पसन्द करत बाड़ें.

बिहार में एह फिलिम के संजय पंजियार वितरित कइले बाडन.

निर्माता -प्रवीण कुमार,निर्देशक -महमूद आलम.
मुख्य कलाकार – मनोज पाण्डेय, मोनालिसा, निखिल राज, प्रकाश जैस वगैरह.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।