प्राण साहब के निधन पर भोजपुरीओ सिनेमा जगत दुख में पड़ल

ManoTiwari-tearfulहिन्दी सिनेमा के बेजोड़ अभिनेता तिरानबे साल के प्राण के भोजपुरीओ सिनेमा जगत बहुत दुख जतवलसि आ कहलसि कि प्राण साहब के गइल बहुते अखरे वाला बा. मनोज तिवारी कहलन कि प्राण साहब का संगे एगो जुग चल गइल. आ कहलन कि प्राण साहब खलनायकी के एगो नया आयाम दिहले रहलें. प्राण साहब समय के बहुते पाबंद रहनी आ उनुका से बहुते कुछ सीखल जा सकेला. प्राण साहब के फिलिमन ‘जंजीर’ आ ‘डॉन’ के आपन फेवरिट फिलिम बतवलें मनोज तिवारी.

विराज भट्ट कहलन कि प्राण साहब के सिनेमा जगत हमेशा याद करी. बतवलन कि प्राण साहब के ‘कालिया’ पांच बेर देखलन.

खेसारीलाल यादव कहलन कि प्राण साहब जइसन मजल स्टार के अभिनय बहुते कुछ सिखावेला. इहो कहलन कि प्राण साहब के फिलिम देख के उ डेरातो रहलें.

अभिनेत्री रिंकू घोषो प्राण साहब के गइला पर दुख जतावत कहली कि एक बेर त एह खबर पर विश्वास करे के मन ना कइलसि. बाकिर माने के पड़ल.

डांसिंग क्विन सीमा सिहं कहली कि बहुते दुखी बाड़ी प्राण साहब के गइला पर. बहुते अखरत बा उनकर गइल.


(शशिकांत सिंह,रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *