फिल्मोफेयर क नजर में ‘निरहुआ’ बाड़ें नं॰ वन

हालही में देश के मशहूर सिने पत्रिका फिल्मफेयर अपना अंक में भोजपुरी सितारा दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के भोजपुरी के नं0-1 सितारा करार दिहले बिया. फिल्मफेयर का जुलाई अंक में छपल निरहुआ पर आलेख में निरहुआ के भोजपुरी सिनेमा के सबले वांटेड आ महंग स्टार बतवले बिया. फिल्म फेयर का नजर में निरहुआ के सफलता का जड़ में आम आदमी के उनुका में आपन छवि निहारल बतावल गइल बा.

निरहुआ पर प्रकाशित एह विशेष आलेख में निरहुआ के संघर्षमय जीवन आ कैरियर के कहानी बतावल गइल बा. एह आलेख का जरिए दिनेशलाल यादव राजनीति में उतरे के एलानो कइले बाड़न कहले बाड़न कि ऊ भोजपुरी फिल्मोद्योग के पसार आ बढ़न्ती खातिर राजनीति में उतरीहें आ सरकार से आपन माँग रखीहें.

एह पत्रिका से पहिले हाल ही में इंडिया टूडे इ दी टाईम्स ऑफ इंडिया अखबारो में निरहुआ के भोजपुरी के सबले बड़का सितारा बतावल जा चुकल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *