बजलऽ ए शंख बाकिर बाबाजी के पदा के

आखिरकार केन्द्र सरकार के विपक्ष के माँग मानही के पड़ल आ टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला के जाँच संसदीय समिति से करावे के सकारे के पड़ल. आजु प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार से एह बात के गोहार कइले कि टू जी स्पेक्ट्रम घोटाला के जाँच करावे खातिर संसदीय समिति के गठन के प्रक्रिया शुरु कइल जाव. एह बीच सरकार विपक्षी दलो से कुछ राहत ले लिहलसि कि ऊ लोग बाकी घोटाला के जाँच एह तरह के समिति से करावे के माँग छोड़ देव आ संसद में बहस का रास्ता ओकर बाति उठावे. पिछला पूरा सत्र सरकार के जिद्द का चलते बेकार चलि गइल रहे आ कवनो कामकाज ना हो पावल रहे. अबकीओ के सत्र वइसहे बेकार मत हो जाव एह खातिर सरकार मान लिहलसि कि संसदीय समिति बना दिहल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।