बरौली में बिजली करंट से दू आदमी के मौत

गोपालगंज जिला के बरौली में सरफरा गांव का नियरा एगो ट्रक हाई वोल्टेज तार से छुआ गइल जवना चलते ड्राइवर आ एगो मजदूर के मौत हो गइल. पाँच गो अउरियो लोग ओह पर सवार रहुवे बाकिर उ लोग बाँच गउवे. मरेवाला मजदूर मोतिहारी के भोपतपुर चौबे टोला के सौदागर सहनी बतावल जात बा. ट्रक ड्राइवर का बारे में अबहीं पूरा जानकारी नइखे मिलल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *