बलिया छपरा रेल लाईन डबल करे के शिलान्यास भइल

आजु सोमार का दिने बलिया टीसन पर भइल एगो शानदार समारोह में रेल मंत्री सुरेश प्रभु बलिया छपरा रेल खंड के दू लाईन वाला करे के काम के शिलान्यास कइलन. एकरा साथही बलिया टीसन का सोझा राखल गइल मीटर गेज पर चले वाला डीजल इंजन के लोकार्पणो कइलन. आजुवे सुरेमनपुर टीसन पर उपरी पुलो के शिलान्यासो कइल गइल.
एह मौका पर बलिया चहुँपल रेल मंत्री सुरेश प्रभाकर प्रभु आ रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा के जोरदार स्वागत कइल गइल. एहिजा के सांसद भरत सिंह आ रविन्द्र कुशवाहा का साथे विधायक उपेन्द्र तिवारी एह लोग के अगवानी कइलें.
रेलमंत्री के कहना बा कि यूपी के बड़हन आबादी का हिसाब से एहिजा रेल सुविधा पूरा नइखे आ अगिला साल ले एह राज्य के भरपूर सुविधा देबे के योजना बावे.
जान जाईं कि साल 2017 में यूपी विधानसभा के चुनावो होखे वाला बा आ स्वाभाविक बा कि केन्द्र सरकार एकरा से पहिले राज्य खातिर आपन खजाना खोलला से बाँव ना जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।