बहुमुखी प्रतिभावान चुन्नू सिंगापुरी पाँच गो फिलिमन में नायक

चुन्नू सिंगापुरी

बहुमुखी प्रतिभा के धनी चुन्नू सिगापुरी उत्तर प्रदेश के देवरिया के हउवें. सिंगापुर में पलल-बढल चुन्नू बीसन भाषा जानेलें. जबे कबो मौका मिलेला त गाँव के रस्मो-रिवाज़ जाने समुझले ला भोजपुरिया माटी का गोदी में आवत रहेलें. एही चलते चुन्नू भोजपुरी समाज के हर परम्परा आत्मसात कइले बाड़ें. सिंगापुर के राधाकृष्ण मंदिर में हर अतवार के भोजपुरी समाज क बीचे अपना मण्डली संगे भोजपुरी के पारंपरिक गीत नृत्य परोसत रहेलें जवना में ‘अहिरउआ, कोहरउआ, धोबियऊ, गोडऊ, अउर पसियउआ’ नाचन के खास प्रस्तुतिकरण कइल करेलें.

हाल ही में मुंबई के M4U स्टूडियो में ‘चुन्नू सिंगापुरी प्रोडक्शन हाउस’ के बैनर तले एके साथ पाँच गो फिलिमन के भव्य मुहूर्त कइल गइल. एह फिलिमन, विदेशी बाबू के देसी ठुमका, जियत रहनी तोहरे खातिर, टपोरी चुन्नू पांडे, लागल रहा ए मामाजी, आ कुलटा, के नायक चुन्नू सिंगापुरी रहीहें. उनुकर नायिका रहीहें राखी त्रिपाठी, नेहा श्री सिंह, भाविका देसाई, प्रेरणा सुषमा, पूजा सिंह, लवी श्रीवास्तव, अनामिका सिंह वगैरह. या करते हैं. एह पाँच फिलिमन में खास होखी श्यामचरण यादव निर्देशित फिल्म ‘विदेशी बाबू के देसी ठुमका’ जवना में सगरी भोजपुरी नृत्य शैलियन के बेहतरीन तरीका से पेश कइल जाई.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।