बहू के जरावे का जुर्म मे सास के उमिरकैद

गोरखपुर 30 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर मे जिला के विशेष न्यायाधीश शशिकान्त उपाध्याय एगो सास भानमति के उमिर कैद आ दस हजार रुपिया के जुरमाना के सजा दिहले. जुरमाना ना भरला पर छह महीना अउरी जेल में रहे के पड़ी.

जिला के पिपराइच इलाका के बडहरा गांव के रहे वाली उर्मिला देवी के बेटी प्रियंका के विआह बेचन गुप्ता से नौ जुलाई 2010 के भइल रहे आ बिआह का बादे से ओकरा के दहेज खातिर तंग करे लागल लोग. बाद में 26 मार्च 2011 के भानमति ओकरा प किरासन तेल डाल के जरा दिहली.

झउसल हालत में प्रियंका के गोरखपुर मेडिकल कालेज मे भरती करावल गइल जहाँ ओकर मौत हो गइल. मरे से पहिले प्रियंका अॡना सास ाक खिलाग बयान दिहले रहुवे. न्यायालय सास के दोषी पावत ओकरा के सजा सुनवलसि बाकिर पति के दोषमुक्त क दिहलसि.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।