बिहार के शराबबन्दी कानून के रद कइलसि हाई कोर्ट

patnahighcourt
पटना हाई कोर्ट आजु बिहार में पिछला 5 अप्रेल से लागू शराबबन्दी कानून के रद क के कानून में जनता के भरोसा जगा दिहलसि. सत्ता का नशा में चूर हो के बनावल नीतीश कुमार के एह कानून से बिहार में आम आदमी के चैन छीना गइल रहुवे. खेत खाए गदहा मार खाए जोलहा वाला कहावत साँच हो गइल रहुवे कि करे केहु भरी पूरा परिवार भा गाँव.

स्वाभाविक रहे कि हाईकोर्ट एह कानून के अनेके प्रावधान पर ऐतराज जतावत एकरा के रद क दिहलसि. बिहार उत्पाद (संशोधन) विधेयक 2016 में शराब पीयला से मौत होखे का मामिला में दोषी के फांसी चढ़ा देवे के प्रावधान रहुवे.
अब सरकार के कहना बा कि आदेश पढ़ला का बाद आगा के राह तय कइल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।