भाजपा मध्यप्रदेश के 147 उम्मीदवारन के नाम के एलान कइलसि

नयी दिल्ली 31 अक्टूबर (वार्ता) मध्यप्रदेश मे लगातार तिसरका बेर सत्ता मे आवे खातिर अपना तरकश के हर तीर आजमाए मे जुटल भाजपा अपना 147 उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि.

मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान अपना पुरानके सीट बुधनी से लड़ीहे. दू गो मंत्रियन के टिकट काटल गइल बा आ तीन गो सांसदन के विधानसभा चुनाव में उम्मीदवार बनावल गइल बा.

भाजपा महासचिव अनंत कुमार बतवले कि एह पहिला सूची में 24 गो नवही, 18 गो महिला, 19 गो अनुसूचित जाति आ 30 गो अनुसूचित जनजाति के उम्मीदवार बाड़े.

मध्य प्रदेश के सगरी 230 सीट पर एके दिने 25 नवम्बर के वोट डालल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।