भारतीय महिला हॉकी टीम मलेशिया के 4-1 से हरवलसि


गोल्ड कोस्ट, 06 अप्रैल (वार्ता). भारतीय महिला हॉकी टीम अपना पिछला हार से सबक लेत आजु शुक का दिने एहिजा भइल 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के दुसरका दिने मलेशिया का खिलाफ अपना पूल ए मैच में 4-1 से शानदार जीत अपना नामे कर लिहलसि.
भारत के अपना से निचला रैंक वाली टीम वेल्स का खिलाफ पहिला दिने 2-3 से करीबी हार झेले के पड़ल रहुवे. बाकिर पटरी पर लवटत रानी के कप्तानी वाली टीम दुसरके दिने अपना के सम्हार लिहलसि आ मलेशिया के हरावे में कामयाब हो गइल.
भारत पहिला क्वार्टर में एगो आ तिसरका क्वार्टर में एगो गोल कइलसि बाकिर एक गोल खाहूं के पड़ल एह क्वार्टर में. आखिरी क्वार्टर में भारत के टीम फेरु दू गो गोल दाग दिहलसि आ मलेशिया का खिलाफ अपन मैच 4-1 से जीत लिहलसि.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।