भोजपुरिया खान जुबेर खान


हिंदी सिनेमा में खान त्रिमूर्तियन, आमिर खान, शाहरुख़ खान आ सलमान खान, समेत अनेके खान बाड़े बाकिर भोजपुरी में कवनो खान नइखे. एह कमी के पूरा करे आइल बाड़न जुबेर खान. प्रसिद्द निर्देशक असलम शेख आ निर्मात्री बिजल राज़दा के खोज हउवन जुबेर खान जिनका दू गो फिल्मन में जुबेर अभिनय करे जा रहल बाड़न. मैदान में उतरे से पहिले जुबेर पूरा वर्जिश कर के आइल बाड़न. पिछला दू साल से ऊ अभिनय, डांस अउर एक्शन के गुर सीखत रहले हँ. किशोर नामित कपूर का अभिनय स्कूल से ट्रेनिंग ले के अइला का बाद जुबेर ने अपना टफ बॉडी के लचीला बनवलन जेहसे ऊ नीमन डांस कर सकस. मुंबई में पलाइल पोसाइल बाकिर जुबेर के महतारी बनारस के हई आ एह नाते ऊ भोजपुरिये से आपन शुरुआत करे के फैसला कइलन.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।