भोजपुरिया दर्शकन के दिल जीते आइल बाड़ी मिस कोलकाता

सिनेमा भोजपुरी के बढ़त लोकप्रियता हर प्रदेश के खुबसूरत लड़िकियन के अपना ओर खींचले आवत बा. आ ऊ लोग भोजपुरिया दर्शकनो के दिल बखूबी जीतले बा. पाखी हेगड़े, मोनालिसा जइसन खुबसूरत आ अदाकारी का हर कला में पारंगत अभिनेत्रियन में एगो नाम अउरी जुड़ गइल बा मिस कोलकाता मोहिनी घोष के.

लड़िकाइयें से नाच के शौकीन रहल मोहिनी जल्दिये भोजपुरिया दर्शकन का सोझा होखीहें निर्देशक सनोज मिश्रा के फिल्म “प्रेम विद्रोही” आ “विजय तिलक” से. पाँचे साल का उमिर से मोहिनी बंगला फिलिमन में काम करत आइल बाड़ी. मिस कोलकाता के खिताब जीत चुकल मोहिनी अनेके बंगला धारावाहिक आ फिलिमन में आपन हुनर देखा चुकल बाड़ी. भोजपुरी सिनेमा में आवे के श्रेय ऊ भोजपुरी लोकगायिका आ कोलकाता में भोजपुरी के प्रचार प्रसार में जुटल ममता पाण्डेय के देबेली जिनका मार्गदर्शन में ऊ अपना पहिलका भोजपुरी फिल्म “विजय तिलक” में काम कइली. उनुका काम से प्रभावित होके निर्देशक सनोज मिश्रा आ निर्माता अंजनी उपाध्याय अपना अगिलका “प्रेम विद्रोही” फिल्मों में उनुका के ले लिहलें.

प्रेम विद्रोही के शूटिंग मई से शुरू होखे वाला बा. एह बीच मोहिनी कोलकाता में निर्देशन के कोर्स करत बाड़ी. फर्राटेदार भोजपुरी बोले आ मोहिनी काया वाली मोहिनी जल्दिये एगो अउरी बड़का बैनर के भोजपुरी फिलिम में लउकीहें.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।