भोजपुरी खलनायकी में धूम मचावत बिपिन सिंह

BipinSingh-ThokDeb
भोजपुरी के चर्चित खलनायक बिपिन सिंह अइसे त हरमेसे अपना अभिनय आ किरदार से चर्चा में रहेलें बाकिर एने कुछ महीना से बिपिन सिंह अपना मजगर अदाकारी से खलनायकी के मैदान में बहुते चर्चा बटोरत बाड़ें.

पिछला दिने रिलीज “मायाजाल” आ “चरणो की सौगंध” फिलिमन में बिपिन सिंह के अभिनय देख के सगरी दर्शक उनुका अभिनय के सरहात बाड़ें आ बधाई देत बाड़ें.

बिपिन सिंह अभिनीत “महालंठ”, “प्यार मोहब्ब्त जिन्दाबाद”, “ठोक देब” जइसन बड़ बजट वाला फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ. “ठोक देब” फिलिम में बिपिन सिंह, नीलिमा सिंह,अक्षरा सिंह तीनो जने एके फ़िलिम में अपना अपना किरदार के परदा प जीयत नजर अइहें. एह फिलिम में बिपिन सिंह विलेन के रूप में आ नीलिमा सिंह महिला विलेन के रूप में लउकीहें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।